बुधवार, 5 अगस्त 2015

जिंदगी का से का हो गईल (भोजपुरी गीत)

जिंदगी का से का हो गईल
यार हमसे जुदा हो गईल
प्यार में जे सहारा रहे
उहे हमसे जुदा हो गईल
जिंदगी ..

जाने कईसन तूफां आ गईल
गम के बादल घना छा गईल
हर ख़ुशी अब वीराना भईल
अब तs दुश्मन ज़माना भईल
गम से नाता नया हो गईल
यार हमसे जुदा हो गईल
जिंदगी ..

जिंदगी अब ना आसान बा
अब तs उल्फत में ई जान बा
ना सहाये जुदाई के गम
बिन तोहरे ना जी पाईब हम
दर्द ही अब दवा हो गईल
यार हमसे जुदा हो गईल
जिंदगी ..

जिंदगी का से का हो गईल
यार हमसे जुदा हो गईल
प्यार में जे सहारा रहे
उहे हमसे जुदा हो गईल
जिंदगी ..

प्रभात रंजन
उपडाकघर रामनगर
प० चंपारण (बिहार)

Share Button
Read Complete Poem/Kavya Here जिंदगी का से का हो गईल (भोजपुरी गीत)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें